रंग बिरंगी दुनिया रंग बिरंग लोग, Rang Virangi Duniya Rang Birang Log, Writer ✍️ #Halendra Prasad, माता भक्ती श्रध्दा भजन कीर्तन अर्चन गीत,
गीत =} #रंग बिरंगी दुनिया रंग बिरंग लोग
#Rang Virangi Duniya Rang Birang Log
Writer ✍️ #Halendra Prasad #CISF
BLOGGER=} 🙏♥️ #मेरी_आशिक़ी_मेरी_माँ ♥️🙏
🙏❤️ #Meri_Ashiki_Meri_Maa❤️🙏
#MereGeet- ❤️❤️❤️👮♂️ #मेरेगीत- ♥️
काहे भूल गईल माई के दुलार बबुआ
पड़ल कवना चक्कर तू भूल गईल माई बबुआ
अखियां के तारा बेटा दिल के जिगर हो
बाल तू अलम हमार तूही बाड़ कल हो
रंग बिरंगी दुनिया रंग बिरंग लोग
जनी तू भुलईह बेटा दिखता हमके संजोग
आचरा पसारी मांगी तोहरा से भिखिया
उठेला लहर दिल में कईसे कही दुखिया
काहे भूल गईल माई के दुलार बबुआ
पड़ल कवना चक्कर तू भूल गईल माई बबुआ
बड़ी रे जतन से हम तोहरा के पलनी
सीना से लगा के रखनी सिनवे में रखनी
लाल हमार लाल सुन दिल ना दुखाव
आईल बा बुढ़ापा हामार हमके ना बिसराव
पाली पोसी बड़ा कनी दिन अईसन आईल
मांग के खईला बेटा दिल ना दुखाईल
पुत कपूत के हाल देखी हरसी
प्यार बिना तड़पी बेटा प्यार नाही बरसी
काहे भूल गईल माई के दुलार बबुआ
पड़ल कवना चक्कर तू भूल गईल माई बबुआ
अन धन मांगी नाही मांगी दुगो रोटियां
अखियां के रोशनी गईल फूले हामर सासिया
सुख दुख तूही बाड़ तूही बाड़ जिनिगी
अंधा के लाठी बाड़ अखियां के रोशनी
पास जरा आव हमरा गले से लगा ली हम
आंख भर देखी तोहरा जीयरा जुड़ाली हम
मनके वेदना जगा के दिल गवाही देता
सुतल निदियो याद तोहार पानी देता
काहे भूल गईल माई के दुलार बबुआ
पड़ल कवना चक्कर तू भूल गईल माई बबुआ
गीत =} #रंग बिरंगी दुनिया रंग बिरंग लोग
#Rang Virangi Duniya Rang Birang Log
Writer ✍️ #Halendra Prasad #CISF
BLOGGER=} 🙏♥️ #मेरी_आशिक़ी_मेरी_माँ ♥️🙏
🙏❤️ #Meri_Ashiki_Meri_Maa❤️🙏
#MereGeet- ❤️❤️❤️👮♂️ #मेरेगीत- ♥️
टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें