अगना दुवरवा चमकी तोहार नाम कमाई हो, Agana Duvarawa Chamki Tohar Nam Kamai Ho, Writer ✍️ #Halendra Prasad, भक्ति शक्ति आराधना भजन कीर्तन अर्चन गीत,
गीत =} #अगना दुवरवा चमकी तोहार नाम कमाई हो #Agana Duvarawa Chamki Tohar Nam Kamai Ho
Writer ✍️ #Halendra Prasad #CISF
BLOGGER=} 🙏♥️ #मेरी_आशिक़ी_मेरी_माँ ♥️🙏
🙏❤️ #Meri_Ashiki_Meri_Maa❤️🙏
#MereGeet- ❤️❤️❤️👮♂️ #मेरेगीत- ♥️
की छोड़िके कालह पर तू काम अरे बड़ी आराम करेल
राजाजी होला बड़ी आकाज तू आवाज करेल
आजके तू काम सईयां अभी कर डाल
आगे आइल बाटे जवन वोही कर डाल
दिहे सफ़लता माई मां मुंडेश्वरी
खिल जईब गुलाब जईसन सब सुख मिली
बात मान मोर राजाजी कर ना ठिठाई हो
अगना दुवरवा चमकी तोहार नाम कमाई हो
की छोड़िके कालह पर तू काम अरे बड़ी आराम करेल
राजाजी होला बड़ी आकाज तू आवाज करेल
कालह के तू बात कर करेल व्यर्थ में
देखले बाटे कालह के आवे नाही पल में
कईसन पल आई राजा कईसन रही समय हो
विधिके विधान लिखल कोई नईखे जानत हो
आलस में पड़ के राजा अवसर जान गवाव तू
डर जनी काम देखकेे काम के निपटाव तू
कामके भी देखके डरी जाला काम से
कायर कहल जाला राजा मनके अभीना के
की छोड़िके कालह पर तू काम अरे बड़ी आराम करेल
राजाजी होला बड़ी आकाज तू आवाज करेल
बीती जाला दिन जवन आवे नाही बाद में
गुजरल समय अब भरमावे सब विवाद में
मन खिनियाई जाला खुल के ना जिए लोग
दिल के रुसवाई में अंखिए पिए लोग
बने नाही काम जब सिर धुनल जाला
तन मन हारी जाला दुख पियल जाला
करी हम निहोरा तोहसे बात मानल कर
जिद्द नाही कर तू काम करल कर
की छोड़िके कालह पर तू काम अरे बड़ी आराम करेल
राजाजी होला बड़ी आकाज तू आवाज करेल
गीत =} #अगना दुवरवा चमकी तोहार नाम कमाई हो #Agana Duvarawa Chamki Tohar Nam Kamai Ho
Writer ✍️ #Halendra Prasad #CISF
BLOGGER=} 🙏♥️ #मेरी_आशिक़ी_मेरी_माँ ♥️🙏
🙏❤️ #Meri_Ashiki_Meri_Maa❤️🙏
#M
ereGeet- ❤️❤️❤️👮♂️ #मेरेगीत- ♥️
टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें