भक्ति गीत, bhakti Geet, तमाशा माई बुद्धि विकास के, Dekh Tamaasha Maee Buddhi Vikaas Ke , Writer ✍️ #Halendra Prasad,
गीत =} # देख तमाशा माई बुद्धि विकास के
Geet=} #Dekh Tamaasha Maee Buddhi Vikaas Ke
Writer ✍️ #Halendra Prasad #CISF
BLOGGER=} 🙏♥️ #मेरी_आशिक़ी_मेरी_माँ ♥️🙏
🙏❤️ #Meri_Ashiki_Meri_Maa❤️🙏
#MereGeet- ❤️❤️❤️👮♂️ #मेरेगीत- ♥️
देख तमाशा माई बुद्धि विकास के
चांद पर आईल लोगवा तोहरा किताब से
रतिया भर डटल बाटे दिनवा भर खटल बाटे
मूर्ति सजा के माई तोहरे के पढ़ले बाटे
मूर्ति सजा के माईया तोहरा के पढ़ले बाटे
दुनियां के दाता बनल दिल के विधाता बनल
नेहियां लगाके सबसे सबकर सुमाता बनल
नेहियां लगाके सबसे सबकर सुमाता बनल
देख तमाशा माई बुद्धि विकास के
चांद पर आईल लोगवा तोहरा किताब से
चांद पर आईल लोगवा तोहरा किताब से
माई कहालु मईया जीवन के धारा बाड़ू
शिक्षा दीक्षा के मईया तूही सहारा बाड़ू
विद्या कहालू माई ज्ञान सागर की खाई
कौशल गुर माई अंखियां में पानी आई
कौशल गुर माई अंखियां में पानी आई
चरन पुजेला लोगवा दिल में भरेला लोगवा
चढ़ते बसन्त लोगवा तोहके पूजेला माई
अन धन देलू माई बुद्धि विकास हो
दुखवा में शान्ति देलू तूही अकाश हो
दुखवा में शान्ति देलू तूही अकाश हो
देख तमाशा माई बुद्धि विकास के
चांद पर आईल लोगवा तोहरा किताब से
चांद पर आईल लोगवा तोहरा किताब से
काली कहालु माई दुर्गा कहालु हो
वैष्णव भवानी मईया ज्वाला मूखी बाली हो
नैना चामुंडा देवी तारा चंडी शारदा माई हो
माई मुंडेश्वरी हऊ विंधाचल विंध्यवशानी हो
माई मुंडेश्वरी हऊ विंधाचल विंध्यवशानी हो
कामख्या कामेश्वरी माई तन्मन तंत्रेश्वरी हो
दिल्ली की काली हऊ कलकता महाकाली हो
शेर के सवारी कर बघवा से यारी हो
लक्ष्मी कहालु तूही विष्णु की प्यारी हो
लक्ष्मी कहालु तूही विष्णु की प्यारी हो
देख तमाशा माई बुद्धि विकास के
चांद पर आईल लोगवा तोहरा किताब से
चांद पर आईल लोगवा तोहरा किताब से
गीत =} # देख तमाशा माई बुद्धि विकास के
Geet=} #Dekh Tamaasha Maee Buddhi Vikaas Ke
Writer ✍️ #Halendra Prasad #CISF
BLOGGER=} 🙏♥️ #मेरी_आशिक़ी_मेरी_माँ ♥️🙏
🙏❤️ #Meri_Ashiki_Meri_Maa❤️🙏
#MereGeet- ❤️❤️❤️👮♂️ #मेरेगीत- ♥️
टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें